Araria Bridge Controversy: ना नदी... ना तालाब, खेत के बींचो-बीच बना दिया पुल

शुभम राज Wed, 07 Aug 2024-2:23 pm,

Araria Bridge Controversy Bihar: बिहारो में ससुर गजबे गजबे काम होते रहेला. अब बताव, ए ससुर कौन इंजीनियर पास कर देलख. फोटोआ में राउआ सभन देखते होखेम, कैसे ई इंजीनियर के कमाल. अब तकले उ केतना कमाल कइले होई. ससुर खेतवे में पुल बना देलख़. वोकार ता डिग्री चेक करेके चाही. कहां से पढ़ के आइल बाटे. ससुरा गर्दा कर देलख. ना नदी, ना नहर, ना पोखर, ना चेंवर, तबो पुल बना के देखा देलख. आईआईटी वाला लोग भी ई पुलवा देख के माथा पिटत होई. जब ई पुल के फोटवा वायरल भईल खा ता DM साहिबा भी जांच करावे चललन हान. अरे भाई, तोहरा हाथ में पूरा जिला देहल बा. लोकल इंटेलिजेंस, पुलिस, चौकीदार, सब दोहरा नीचे काम करे वाला लोग बा और ताबो तोहरा पता ना चलल. तुहूं दुइए दांत के बाड़. तोहरा तनको भनक ना लागल कि तोहरा नाक के नीचे का हो रहल बा. DM साहिब के भी रिफ्रेशर कोर्स के जरूरत बाटे. खैर, तोहनी के नीतीश कुमार के नाक कटावे में कौनो कसर ना छोड़ल लगिन. पहिले ताबड़तोड़ पुल गिरवला लगीन और अब ई कारनामा करके गिनीज बुकवा में आपन नाम लिखवा लेल लगिन. तोहनी के रहते बिहार के भगवाने मालिक बारन. तनी एपर सोचिहा लगीन. देखें वीडियो.

More videos

By continuing to use the site, you agree to the use of cookies. You can find out more by Tapping this link