हेलीकॉप्टर से अइलन आ गर्दा उड़ा के चल गइलन पीएम मोदी, रउओ लगिन पढ़ीं भोजपुरी में जमुई रैली के भाषण
PM Modi Jamui Rally: मोदी इ बात कहलन कि 24 के चुनाव बिहार के सपना के पूरा करे खातिर और विकसित भारत के संकल्प के मजबूत करे खातिर बहुत जरूरी बाटे. उ इहो बात कहलन कि बिहार पूरा देश के दिशा देखावत रहल बाटे.
PM Modi Jamui Rally Speech In Bhojpuri: पीएम मोदी आजु बिहार के जमुई में रैली करे आइल रहलन. रैली के शुरुआत उ बाबा धनेश्वर के पवित्र भूमि के नमन करिके कइलन. उ इहो बात कहलन कि भगवान महावीर के ज्ञान भूमि पर अपने सबके अभिनदंन करहिये. रैली में भीड़ देखके मोदी बड़ा खुश रहलन. अंदर से खुश होके कहलन— ई चुनाव सभा हअ कि विजय सभा. रउआलगिन त कमाल कर देहलीं आज. उ इहो बात कहलन कि जमुई के ई सुंदर जमीन पर आइल भीड़ बतावता कि रउआलगिन के मन में का बाटे. उ कहलन कि बिहार के सारा 40 सीट एनडीए के देवे खातिर बहुत आभार. जमुई के रैली में पीएम मोदी जंगलराज के जिक्र भी कइलन और कहलन कि उ सब के राज में लड़की सब के दिनदहाड़े सड़क से उठा लेहल जात रहे. मोदी से पहिले इ बात के जिक्र मुख्यमंत्री नीतीश कुमार भी कइलन अपना संबोधन में.
ये भी पढ़ें- 2019 जइसन 2024 में मुकेश साहनी महागठबंधन के हिस्सा हो सकतारन
ये भी पढ़ें- निहोरा पर निहोरा करतारअन पप्पू यादव, उनका पते नइखे कि लालू प्रसाद उनकर काम लगा देहलन