2019 जइसन 2024 में मुकेश साहनी महागठबंधन के हिस्सा हो सकतारन, जल्दीए होई तेजस्वी यादव से मुलाकात
Advertisement

2019 जइसन 2024 में मुकेश साहनी महागठबंधन के हिस्सा हो सकतारन, जल्दीए होई तेजस्वी यादव से मुलाकात

Bihar Political News: मुकेश साहनी अभी तकले एनडीए की ओर देखत रल हउअन. जब एनडीए में उनकर बात ना बनल त अब उ महागठबंधन ओरि निहारअतारन. कहल जा रहल बाटे कि तेजस्वी यादव से मुलाकात खातिर उनकर कवनो संपर्क स्थापित हो गइल बाटे और वोहि खातिर उ दिल्ली खातिर रवाना हो गइल बाड़न.

मुकेश सहनी

Bihar Political News: लोकसभा चुनाव के लेके बिहार में रस्साकशी देखे के मिल रहल बाटे. एनडीए ओरी से सीट शेयरिंग और प्रत्याशी भी उतार दिहल गइल बाटे लोग, उहै अभी तकले महागठबंधन में पूर्णिया खातिर गतिरोध चालू बाटे. पूर्णिया में तअ इ हाल हो गइल बाटे कि 4 अप्रैल के पप्पू यादव नॉमिनेशन भरे के ऐलान कर देले बाड़न. अब खबर आवताटे कि विकासशील इंसान पार्टी के प्रमुख मुकेश साहनी भी दोबार महागठबंधन में आ सकतारन. बतावल जाताटे कि जल्दीए उनकरा राजद नेता और पूर्व डिप्टी सीएम तेजस्वी यादव से मुलाकात हो सकताटे. रउआ सबहि के बतावल जरूरी बा कि 2019 में भी मुकेश साहनी महागठबंधन के हिस्सा रहलन पर कवनो खास चमत्कार ना देखा पवलन. बतावल जाता कि मुकेश साहनी तेजस्वी यादव से मिले खातिर दिल्ली निकल गइल बाड़न. 

मुकेश साहनी अभी तकले एनडीए की ओर देखत रल हउअन. जब एनडीए में उनकर बात ना बनल त अब उ महागठबंधन ओरि निहारअतारन. कहल जा रहल बाटे कि तेजस्वी यादव से मुलाकात खातिर उनकर कवनो संपर्क स्थापित हो गइल बाटे और वोहि खातिर उ दिल्ली खातिर रवाना हो गइल बाड़न. अगर मुकेश साहनी महागठबंधन के हिस्सा बन जातारन त मान के चलला के काम बा कि विपक्षी कुनबा थोड़ा बड़ा हो जाई. हालांकि वोट प्रतिशत में इ केतना तब्दील हो पाई, वोके लेके कुछौ नइखे कहल जा सकताटे. बतावल जा रहल बा कि तेजस्वी यादव से मिलला के बाद महागठबंधन में उनकरा के लेकर कवनो बड़ा फैसला हो सकताटे. 

यह भी पढ़ें:क्या लालू प्रसाद ने कांग्रेस को वहीं सीटें दी हैं, जिन पर हार की गारंटी थी?

मुकेश साहनी के अगर महागठबंधन में एंट्री ना मिल पाईल त इ मान लेला में कवनो हरज ना होखे के चाहि कि उनकर नाव अधर में डूब न जाए. विधानसभा चुनाव के बाद जब मुकेश साहनी भाजपा से एने ओने कइलन त उनकर पूरा पार्टिए टूट गइल और भाजपा में सब मिल गइल. उसके बाद से मुकेश साहनी भाजपा से बड़ा दूरी बनाकर चलत रह हउअन. चुनाव नजदीकाइल त उ भाजपा नेता सबसे संपर्क खातिर परेशान हो गइलन. अब सवाल इ बा कि चुनाव के मौका पर भाजपा चिराग पासवान के मनावो या फिर मुकेश साहनी के पीछा पड़ो. दुनु नेता लोग में भाजपा के सबसे अच्छा चिराग पासवान लगलन त उ उनका के मनावे में व्यस्त हो गइल और मुकेश साहनी के उनकर हाल पर छोड़ दिहल गइल.

Trending news